अभिनेत्री
परिचय
मधु शर्मा के जन्म 13 दिसंबर 1984 के जयपुर में भईल रहे। ई मारवाड़ी परिवार से संबंध रखेली। भोजपुरी भासा के फिलिम में काम करे से पहिले ई दक्षिण भारत के फिल्म उद्योग में काम करत रहली। आपन पहिलका भोजपुरी फिलिम ‘एक दूजे के लिए’ में पवन सिंह अउर दिनेश लाल यादव के सह के रूप में काम कईले रहली।
जानकारी
मधु शर्मा अभिनेत्री होखे के संग संग मराठी अउर भोजपुरी फिलिम के प्रोड्यूसर भी हई। ई सुबोध भावे के साथ “भयभीत” नाम के मराठी फिलिम में काम भी कईले बाड़ी।