अभिनेता
परिचय
भोजपुरी सिनेमा के चर्चित अभिनेता शत्रुघ्न यादव जे लोकप्रिय नाम खेसारी लाल यादव से जानल जालन, के जन्म 5 मार्च 1986 के सीवान जिला, बिहार में भईल रहे। आज बुद्धि अउर कौशल के बल पर एगो प्रसिद्ध भोजपुरी गायक अउर अभिनेता के रूम में स्टारडम बा इनकर। 2012 में इनकर पहिली भोजपुरी फिलिम ‘साजन चले ससुराल’ रिलीज भईल रहे। तब से आजतक एक के बाद एक करीब 65 भोजपुरी फिलिम में सफल अभिनय करिके आपन नाम आगे बढ़ावत बाड़न।
जानकारी
एक्टर बने से पहिले खेसारी लाल यादव बिहार के प्रसिद्ध लिट्टी चोखा के ठेला दिल्ली में लगावत रहलन। ई कुछ साल बीएसएफ में सरकारी नौकरी भी कईले बाड़ें।