पवन सिंह

अभिनेता

परिचय
5 जनवरी 1986 के जनमल, पवन सिंह भोजपुरी भासा के बहुत ही प्रसिद्ध गायक अउर अभिनेता हवन। ई आपन भोजपुरी फिलिम जगत में अभिनय के शुरुआत 2007 से कईलन फिलिम “रंगली चुनरिया तोहरे नाम “ से। पवन सिंह 1997 से ही भोजपुरी एलबम में गाना गावत रहलन। आज करीब करीब 80 गो से ज़्यादा भोजपुरी फिलिम में काम कई लेले बाड़न। भोजपुरी भासा के इनकर गाना “लोलीपॉप लागेलू” दुनिया भर में फेमस भईल। पवन सिंह अब हिंदी भासा के एलबम में भी गाना गावे शुरू कईले बाड़न। हिंदी भासा के गायकी में भी इनका खूब सफलता मिल रहल बा। जानकारी  मशहूर गाना “लॉली पॉप लागेलू” से पवन सिंह के बहुत लोकप्रियता मिलल। अंतरराष्ट्रीय स्तर पर 8 बार एह गाना के निर्माण कईल गईल, जेवना में अमेरिका, ब्रिटेन अउर नाईजीरिया जईसन देश शामिल बा।

  मशहूर गाना “लॉली पॉप लागेलू” से पवन सिंह के बहुत लोकप्रियता मिलल। अंतरराष्ट्रीय स्तर पर 8 बार एह गाना के निर्माण कईल गईल, जेवना में अमेरिका, ब्रिटेन अउर नाईजीरिया जईसन देश शामिल बा।

अन्य अभिनेता