दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’

अभिनेता

परिचय

दिनेश लाल यादव जिनका के ‘निरहुआ’ के नाम से भी जानल जाला, इनकर
जन्म 2 फरवरी, 1979 उत्तर प्रदेश में भईल रहे। ई भोजपुरी फिलिम के अभिनेता, गायक, फिलिम अउर टेलीविजन निर्माण संस्था के अध्यक्ष के साथ साथ भारतीय राजनीति से भी जुड़ल बाड़न।
दिनेश लाल यादव 2007 में भोजपुरी फिलिम ‘चलत मुसाफिर मोह लियो रे’ में सह अभिनेता के रूप में आपन करियर के शुरुआत कईलन। गाजीपुर उत्तर प्रदेश के
रहेवाला दिनेश लाल यादव आपन बचपन कलकत्ता में अपना बाबूजी के साथ
बितवलन जे वोहिजा एगो कारखाना में काम करत रहल। इनकर परिवार उत्तर
पूर्वी भारत के एगो गायन विधा ‘बिरहा’ परिवार गाजीपुर, के नाम से भी जानल
जात रहे। ई 2019 के लोकसभा चुनाव में भाजपा के प्रत्याशी बन के आपन
राजनीतिक जीवन भी शुरू कर देले बाड़न।

जानकारी
निरहुआ के प्रचलित दिनेश लाल यादव आपन कैरियर के शुरुआत एगो ‘बिरहा गवईया’ के तौर पर कईले रहलन, जवन बिहार अउर पूरबी उत्तर प्रदेश के लोकप्रिय संगीत के बिधा मानल जाला।


निरहुआ के प्रचलित दिनेश लाल यादव आपन कैरियर के शुरुआत एगो ‘बिरहा गवईया’ के तौर पर कईले रहलन, जवन बिहार अउर पूरबी उत्तर प्रदेश के लोकप्रिय संगीत के बिधा मानल जाला।

अन्य अभिनेता